bhojpuri movie reviewsFirst Look

अब जनता बोलेगी !!!

अब जनता बोलेगी !!! एपिसोड २
अब जनता बोलेगी !!! एपिसोड १

Our New Members

pannalalmanjhianand pratap mishrameraazbabuahmedOMVEER KUMAR Not a member yet! Join Now

bhojpuri movie reviews bhojpuri film reviewsBhojpuri Film Reviews

BAROOD REVIEW
AULAAD REVIEW

bhojpuri cinema articlesBhojpuriya Articles

उत्तर प्रदेश में ख़त्म होता भोजपुरी फिल्मों का बाज़ार भोजपुरी सिनेमा : तीसरे दौर के अंत की शुरुआत ? भोजपुरी सिनेमा में सार्थक हस्‍तक्षेप करेगा “सईयां ड्राइवर…”अच्छे कोशिश की तारीफ़ करिए, नहीं तो कुछ ना हो पाएगा भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री : पब्लिसिटी के प्रति उदासीनता५० सालों में अपनी राह भटक चुका है भोजपुरी सिनेमा

bhojpuri celebrity interviewsCelebrities' Interview

Manoj Tiwari Rajkumar R. Pandey Premanshu Singh Hyder Kazmi Dinesh Lal Yadav Ashok Kumar Deep Ravi Kissen Kranti Prakash Jha Nitin Chandra Manoj Tiger

 

भोजपुरी फ़िलिमन क सबसे बड़ सर्वे, रवि किशन बनलन सर्वश्रेष्ठ अभिनेता

Fri,12 Nov 2010

Bhojpuri Cinema’s biggest survey, Ravi Kissen becomes critics’ favourite भोजपुरी फिलिम स्टार रवि किशन एक बार फिर साबित कर देहलन कि लोकप्रियता अऊर अभिनय के मामले में ओनकर कोई जोड़ नईखे ह। देश क बड़ मिडिया समूह में से एक संडे इन्डियन अऊर रिसर्च कंपनी आई.सी.एम.आर. दू महीने तक चलल एक सर्वे के बाद रवि किशन के समीक्षकन अऊर बुद्धिजीवियन क नज़र में अव्वल नंबर पर रखलन। इंडिया न्यूज़ इ पूरे सर्वे पर रवि किशन के साथ दू घंटे क लाइव टेलेकास्ट कईलस जहां भोजपुरी फिलिमन क वर्तमान, भविष्य के साथ साथ अश्लीलता पर भी चर्चा भईल। रवि किशन स्पष्ट तौर पर कहलन कि ओनकर फिलिमन में अश्लीलता औरों के मुकावले हमेशा से कम रहत आईल ह अऊर जब कभी रहल भी ह त ऊ कहानी क मांग अऊर दर्शकन के नज़रिए के ध्यान में रखकर कईल गईल ह। गुरुवार क रात इंडिया न्यूज़ संडे इन्डियन अऊर रिसर्च कंपनी आई.सी.एम.आर. के सर्वे के आधार पर रिंकू घोष के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री क खिताब देहलस। रवि किशन अभिनीत अऊर हैरी फ़र्नान्डिस निर्देशित फिलिम भूमिपुत्र के साल २००९ क सर्वश्रेष्ठ फिलिम आँकल गइल।

उल्लेखनीय ह कि देश के कोने कोने से हजारो भोजपुरिया दर्शकन क राय के आधार पर इ सर्वे के पूरा कईल गईल ह। भोजपुरी फिलिम अवार्ड में लगातार पांच बार बेस्ट अभिनेता क पुरस्कार पा चुकलन रवि किशन के अभी तक सौ से भी अधिक सम्मान अऊर पुरस्कार प्राप्त हो चूकल ह। लाइव टेलीकास्ट के दौरान रवि किशन वादा भी कईलन कि राउर आपन प्रोडक्शन हॉउस से पा अऊर ब्लेक जईसन फ़िलिम क निर्माण के बारे में भी सोचत हऊअन, राउर आशा जतईलन कि महानायक अमिताभ बच्चन के राउर एक बार फिर से भोजपुरी फिलिम में लहियन। द संडे इन्डियन क सम्पादक ओम्कारेश्वर पाण्डेय सर्वे की सफलता बदे भोजपुरिया दर्शकन अऊर आपन टीम के बधाई देहलन अऊर कहलन कि सर्वे क विस्तृत रूप ओनकर पत्रिका के अगले अंक में प्रकाशित कईल जाइ। दू घंटे क मेगा लाइव में रवि किशन इ बात से भी इनकार कईलन कि राउर भोजपुरी क तुलना में हिंदी फिलिमन के अधिक ध्यान देवत बाड़े। राउर कहलन कि दस साल में सौ से भी अधिक भोजपुरी फिलिम में अभिनय खुद दर्शावेला कि राउर भोजपुरी फिलिमन के प्रति केतना समर्पित हउअन, भोजपुरी से राउर कभी गद्दारी नइखे करिहन काहें कि भोजपुरी ओनकर माँ पिता क भाषा ह।

श्रोत : उदय भगत Read in English

 

 

 

bhojpuriya cinema readers 0 comments posted

No comment posted yet! Be the first.

 

bhojpuriya cinema readersSay something

related newsYou may like these

रिंकु घोष क "धनिया के थाना"मिथिला टॉकीज की दो फिल्में लांच"नाच नचईया धूम मचईया" के मंच पर सुधा चंद्रन गंगादेवी के बाद "गंगा रामजी" लायेंगे अभिषेक चड्ढ़ानिरहुआ-असलम शेख की "रखवाला"मौर्य टी0 वी0 की नम्बर वन की पोजिशन कायमविराज भट्ट-मोनालिसा पहली बार साथ-साथरविकिशन अऊर विराज भट्ट क ‘पियवा बड़ा सतावेला’ए नितीश काका बिहार के बनाय दा तू जापानहिन्दी साहित्य पर पहली भोजपुरी फिल्म

bhojpuri film's video trailersRelated Bhojpuri Videos

Durga Movie Trailer Holi Special : Malini Awasthi : Udat Abeer Rajaji Movie Trailer Raja Ji Title Song Promo