First Look
Our New Memberspannalalmanjhianand pratap mishrameraazbabuahmedOMVEER KUMAR Not a member yet! Join Now
Bhojpuri Film Reviews
Bhojpuriya Articles
Celebrities' Interview
भोजपुरी फिलम स्टार रवि किशन के नाम एक अनोखा रिकोर्ड जुड़ गइल ह अऊर इ रिकाँर्ड ह एक समय में सर्वाधिक भाषा अऊर संख्या क फिलिम क। रवि किशन इन दिनों दस-बीस नइखे बल्कि कुल ३२ फिलिम करत हऊअन जेम्में भोजपुरी, हिंदी, अंग्रेजी, तमिल, तेलगु बंग्ला अऊर मराठी फ़िलिम शामिल ह। साल २००९ में रवि किशन क कुल १२ फिलिम रिलीज़ भईल रहल। इ साल अभी तक ओन्कर नौ फिलिम रिलीज़ भईल ह। जहां तक ओनकर आवे वाली फिलिम क बात ह त भोजपुरी में ओनकर शीघ्र प्रदर्शित होखे वाली फिलिम में जीतेश दुबे क “मार देब गोली केहू न बोली”, किरणकान्त वर्मा क “देवदास”, हैरी फर्नांडिस क “रामपुर के लक्ष्मण”, आनंद गहतराज क “खेला” आदि शामिल ह।
भोजपुरी में एहके अलावा ओनकर आवे वाली फिलिम में जीतेश दुबे क “पिंडदान”, सत्यनारायण फिल्म्स क “धुरंधर”, सुशील उपाध्याय क “धर्मा”, लेखक से निर्देशक बनलन संतोष मिश्रा क “कइसन पियवा के चरित्तर बा”, हैरी फर्नांडिस क “संतान”, “सौगात”, आलोक कुमार क “गंगा जमना सरस्वती”, डॉ. सुनील कुमार क “मल्लयुद्ध”, सुनील प्रसाद क अनाम फिलिम, रवि किशन प्रोडक्शन अऊर रमा देवी प्रोडक्शन क “शूटर शुक्ला”, “छपरा के प्रेम कहानी”, दुर्गा प्रसाद क “एलाने जंग”, पन फिल्म्स क दू अनाम फिलिम के अलावा “राम मिलवले जोड़ी” आदि शामिल ह। एहके अलावा रवि किशन शंकर निखालजे क मराठी फिलिम “अशी ही हेरा फेरी”, दक्षिण क सुपर स्टार राम चरण अऊर सूर्या के साथ दू अलग अलग फिलिम अऊर बंगाल क एक निर्माता क बंगला- भोजपुरी में बने वाली एक अनाम फिलिम भी शामिल ह। जहां तक हिंदी फिलिम क बात ह त रवि किशन सैफ अली खान क होम प्रोडक्शन “एजेंट विनोद”, राज कुमार संतोषी क “पॉवर”, डॉ.चन्द्र प्रकाश द्विवेदी क “अस्सी काशी”, अमेरिकन कंपनी पन फिल्म्स क अंग्रेजी - हिंदी फिलिम “अघोरी - मेन फ्रॉम बनारस”, एक अन्य निर्माता क “चितकबरे” आदि शामिल ह। रवि किशन क इ सम्बन्ध में कहना ह कि हमार हमेशा से कोशिश रहल ह कि भोजपुरी के केहू भी निर्माता निर्देशक के निराश न करीं अऊर इहे वजह ह कि हम जम कर मेहनत करत हईं।
श्रोत : उदय भगत Read in English
0 comments postedNo comment posted yet! Be the first.
Say something
You may like these
Related Bhojpuri Videos
Durga Movie Trailer
Holi Special : Malini Awasthi : Udat Abeer
Rajaji Movie Trailer
Raja Ji Title Song Promo