First Look
Our New MembersmohdyusufkhanSopari lal kashidipujayprakash yadavLUSHIFAR Not a member yet! Join Now
Bhojpuri Film Reviews
Bhojpuriya Articles
Celebrities' Interview
भोजपुरी फिलिमन क प्रसिद्ध अदाकारा पाखी हेगड़े के भोजपुरी फिलिम में विशेष योगदान देवे बदे हाल ही में पटना के श्री कृष्ण मेमोरियल हाँल में बिहार क प्रतिष्ठित बिहारी अस्मिता सम्मान से नवाजल गइल। पाखी के इ सम्मान बिहार के कला-संस्कृति अऊर युवा मंत्री श्रीमति सुखदा पाण्डे के हाथों दिहल गईल। गौरतलब ह कि बिहारी अस्मिता सम्मान अईसन गैर बिहारियन के दिहल जावेला जवन बिहार के बाहर बिहार क परचम फहरावे में आपन योगदान देवेलन। पाखी के अलावा इ पुरस्कार से कई प्रसिद्ध उद्योगपतियन, समाजसेवी के भी सम्मानित कईल गईल। इ सम्मान से उत्साहित पाखी आयोजन समिति क आभार प्रकट कईलिन, साथ ही कहलिन कि अईसन सम्मान ओन्हें बढ़त जिम्मेदारी क अहसास करावेला। गौरतलब ह कि पाखी पिछले चार वर्ष से भोजपुरी फिलिम में सक्रिय हईं अऊर भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री क टाँप नायिकन में एक हईं।
श्रोत : प्रशांत निशांतRead in English
0 comments postedNo comment posted yet! Be the first.
Say something
You may like these
Related Bhojpuri Videos
Rickshaw Wala I Love You Title Promo
Rickshaw Wala I Love You Trailer 2
Dhadkela Tohre Naame Karejwa Trailer
Rickshaw Wala I Love You Trailer