First Look
Our New MembersmohdyusufkhanSopari lal kashidipujayprakash yadavLUSHIFAR Not a member yet! Join Now
Bhojpuri Film Reviews
Bhojpuriya Articles
Celebrities' Interview
भोजपुरी सिनेमा के संभ्रात वर्ग तक पहुँचावे बदे भोजपुरी फिलिम स्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ आपन प्रोडक्शन कंपनी ‘‘निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा. लि.’’ के बैनर तले एक संपूर्ण पारिवारिक मनोरंजक फिलिम ‘‘औलाद’’ क निर्माण कईले हउअन। निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा. लि के बैनर तले बनल ‘‘औलाद’’ भोजपुरी सिनेमा के पचास वर्ष पूरे होने पर निरहुआ के ओर से दर्शकन बदे एक तोहफा ह। इ फिलिम में दर्शकन के आपन घर-परिवार क कहानी देखे के मिली। दिनेशलाल कहेलन, "औलाद अईसन पारिवारिक फिलिम ह जवन हर वर्ग के दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करी। फिलिम में मधुर गीत संगीत, शानदार एक्शन, दमदार कहानी अऊर बेहतरीन अदाकारी क संगम एक साथ देखे के मिली"।
फिलिम के निर्देशन क कमान संभलले हउअन मशहूर निर्देशक असलम शेख। फिलिम में दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’, प्रवेश लाल यादव, पाखी हेगड़े, शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा, मनोज टाईगर, गोपाय राय, संजय पाण्डेय, अयाज खान, संतोष श्रीवास्तव, अनिल यादव, तेज सिंह, हीरा यादव, ए. के. राज, पूनम पाण्डेय अऊर किरण यादव क प्रमुख भूमिका ह। फिलिम के लेखक हउअन के. के सिंह। फिलिम के गीतकार प्यारेलाल यादव ‘‘कवि जी’’, श्याम देहाती, संगीतकार राजेश रजनीश, संपादक जीतेन्द्र सिंह ‘‘जीतू’’ अऊर छायांकन अकरम खान हउअन। फिलिम क शूटिंग आजमगढ़ (उत्तर प्रदेश) के मनोरम लोकेशन पर कईल गईल ह। फिलिम क पोस्ट प्रोडक्शन इन दिनों मुंबई में जोर-शोर से जारी ह।
स्रोत : प्रशांत निशांतRead in English
4 comments posted (Showing 1 to 4)लगे रहिये दिनेश गोरखपुर फिल्म सिटी आप के साथ है . 09793849007
Posted by : PRADEEP MAURYA at 22:40:59 on 2011-08-12
दोनों भाई मिल के औलाद बनवल त kaile hwe
Posted by : arun kumar reporter gorakhpur at 23:11:18 on 2011-05-23
भोजपुरी सिनेमा को ऐसे सार्थक प्रयासों की जरूरत है... जय हो दिनेश भैया
Posted by : Arvind at 01:48:45 on 2011-05-21
साराहानिय कदम निरहुआ का
Posted by : guddu at 01:30:47 on 2011-05-21
Say something
You may like these
Related Bhojpuri Videos
Rickshaw Wala I Love You Title Promo
Rickshaw Wala I Love You Trailer 2
Dhadkela Tohre Naame Karejwa Trailer
Rickshaw Wala I Love You Trailer