First Look
Our New Memberspannalalmanjhianand pratap mishrameraazbabuahmedOMVEER KUMAR Not a member yet! Join Now
Bhojpuri Film Reviews
Bhojpuriya Articles
Celebrities' Interview
रवि किशन, रानी चटर्जी अऊर शुभम तिवारी अभिनीत भोजपुरी फिलिम ‘मल्ल युद्ध’ अब रिलीज बदे तैयार ह। इ फिलिम क निर्माण निर्माता सुनील चौहान कईले हउअन जबकि निर्देशक हउअन चांद मेहता हउअन। जे.एम.वी. प्रोडक्शन के बैनर तले बनल ‘मल्ल युद्ध’ भोजपुरी परंपरा अऊर दबंगई पर आधारित फिलिम ह। जबरदस्त एक्शन अऊर नयी कहानी पर बनल ‘मल्ल युद्ध’ क कहानी राजेश चौहान लिखले हउअन जबकि गीत एस. कुमार, सोनी यादव अऊर जॉनी लिखले हउअन। संगीत राज सेन अऊर पंडित ज्वाला प्रसाद क ह। फिल्म में रियाज़ सुल्तान क एक्शन ह।
फिलिम ‘मल्ल युद्ध’ की एसोसिएट प्रोड्यूसर पूनम चौहान कहेलिन कि, "इ फिलिम बदे काफी मेहनत कईल गईल ह। वास्तविक लोकेशन पर शूट भईल ‘मल्ल युद्ध’ बदे एक तरफ जहां निर्माता सुनील चौहान दिल खोलकर पईसा खर्च कईले हउअन उहें निर्देशक चांद मेहता इ फिलिम के लेकर काफी समझदारी दीखवले हउअन"। फिलिम के मुख्य कलाकारन में रवि किशन, रानी चटर्जी, शुभम तिवारी, कोमल ढिल्लों, कुनाल सिंह, सुनीता शर्मा, गिरीश शर्मा, सोनी यादव, बृजेश त्रिपाठी, कौशल कुमार शर्मा, रमेश गोयल, संध्या, अभय यादव, जय प्रकाश, सुमन, शंकर सिंह अऊर किरण हईं। इ फिलिम में भोजपुरी आयटम डांसर सीमा सिंह के साथ ही प्रोमिला अऊर निशा सिंह क डांस भी लोगन के लुभाइ।
स्रोत : शशिकांत सिंहRead in English
1 comments posted (Showing 1 to 1)RAVI JI HUM APSE BAT KARE KE CHAHA TANI YOU ARE MY BEST ACTOR
Posted by : MAYANK at 12:55:16 on 2011-07-27
Say something
You may like these
Related Bhojpuri Videos
Durga Movie Trailer
Holi Special : Malini Awasthi : Udat Abeer
Rajaji Movie Trailer
Raja Ji Title Song Promo