First Look
Our New Membersniraj singhmd istkharshakti bhushan sharmaPrahlad SharmaTaufiq Not a member yet! Join Now
Bhojpuri Film Reviews
Bhojpuriya Articles
Celebrities' Interview
भोजपुरी फिलिम निर्माता अऊर बिजेम्पा अध्यक्ष डॉ. सुनिल कुमार भोजपुरिया पर्दे पर एक बार फिर से धमाल मचावे बदे तैयार हउअन। सुनील कुमार क नयकी फिलिम ‘‘घायल योद्धा’’ अब प्रदर्शन बदे तैयार ह। विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के बैनर तले बनल ‘‘घायल योद्धा’’ औरत के बदले क कहानी ह जवान एक दबंग खलनायक आर. डी. एक्स. से आपन परिवार के मौत के बदला लेवे बदे आपन बेटा के तैयार करेलिन। भोजपुरिया पर्दे पर ‘‘कुली’’, ‘‘चाचा भतिजा’’ अऊर पिछले वर्ष क हिट फिलिम ‘‘दामिनी’’ जईसन ब्लॉकबस्टर दे चुकलन डॉ. सुनील कुमार इ फिलिम से भोजपुरी पर्दे पर नायका नायक बाबूशान अऊर नयकी नायिका रिया के प्रस्तुत करत हउअन।
फिलिम में अन्य प्रमुख भुमिका में अपराजिता, पंकज कुमार, मिहीर दास, सुशील सिंह, अयाज खान, किटू, सुरेश दूबे, आनंद मोहन, प्रमोद गोस्वामी, मधु अलिशा चैधरी अऊर शाहबाज खान हउअन। फिलिम में रानी चटर्जी अऊर गुंजन कपूर पर आईटम सांग भी फिल्माइल गईल ह। फिलिम के निर्देशन बाली कईले हउअन। फिलिम में 11 गाना ह जेहके लिखले हउअन श्याम देहाती अऊर प्यारे लाल यादव, उहें संगीत मधुकर आनंद क ह। फिलिम के प्रस्तुतकर्ता अनिल कुमार हउअन। फिलिम के लेखक मनोज नारायण, छायांकन रवि चंदन, नृत्य एन्थोनी, मारधाड़ रियाज सुल्तान क रही। फिलिम क प्रदर्शन इ माह होइ।
स्रोत : प्रशांत निशांतRead in English
1 comments posted (Showing 1 to 1)e to khud hi घायल है; इ क्या घायल योद्धा लावत है
Posted by : Panditji at 03:17:32 on 2011-05-31
Say something
You may like these
Related Bhojpuri Videos
Durga Movie Trailer
Holi Special : Malini Awasthi : Udat Abeer
Rajaji Movie Trailer
Raja Ji Title Song Promo