First Look
Our New Membersniraj singhmd istkharshakti bhushan sharmaPrahlad SharmaTaufiq Not a member yet! Join Now
Bhojpuri Film Reviews
Bhojpuriya Articles
Celebrities' Interview
भोजपुरी फिलिम स्टार रवि किशन इन दिनों पाकिस्तानी दुल्हन के तलाश में हऊअन अऊर ओनके बदे दुल्हन तलाशत हउअन कैमरामैन से निर्देशक बनलन फ़िरोज़ खान अऊर फिलिम निर्माता रजनीश गुप्ता। दरअसल रवि, फ़िरोज़ अऊर रजनीश क तिकड़ी हाल ही में लगातार शूटिंग कर एक चरण में ही आपन पहलकी फिलिम फौलाद क शूटिंग पूरी कईलन। शूटिंग के आखिरी दिन पनवेल स्थित सुर्वे फ़ार्म हाउस पर एक भव्य पार्टी भईल अऊर नयकी फिलिम क मुहूर्त भी कईल गईल। इ फिलिम क नाम ह दुल्हिन चाही पाकिस्तान से।
मुहूर्त क क्लेप फिलिम क सह निर्मात्री ऋतू गुप्ता देहलिन अऊर मुहूर्त शॉट रवि किशन अऊर हैरी पर फिल्मावल गईल। श्री ब्रजेश्वरी देवी फिल्म्स के बैनर तले बन रहल इ फिलिम में रवि किशन क साथ देत हउअन सुशील सिंह अऊर राजीव दिनकर। फिलिम के संगीतकार हउअन राजेश - रजनीश अऊर कैमरामैन हउअन खुद निर्देशक फ़िरोज़ खान। मुहूर्त के अवसर पर अभिनेता प्रकाश जैस, अभिनेत्री अंजना सिंह, संगीतकार द्वय राजेश - रजनीश के रजनीश, नृत्य निर्देशक दिलीप मिस्त्री, प्रीती किशन, सुधा तिवारी सहित फौलाद के पूरा टीम मौजूद रहल। फिलहाल फिलिम के प्री प्रोडक्शन क काम जारी ह।
स्रोत : उदय भगत Read in English
2 comments posted (Showing 1 to 2)congrats,,!! chachu..:)
Posted by : sanjana gupta at 01:01:42 on 2011-08-12
Posted by : arvind yadav at 15:54:11 on 2011-05-06
Say something
You may like these
Related Bhojpuri Videos
Durga Movie Trailer
Holi Special : Malini Awasthi : Udat Abeer
Rajaji Movie Trailer
Raja Ji Title Song Promo