First Look
Our New Membersniraj singhmd istkharshakti bhushan sharmaPrahlad SharmaTaufiq Not a member yet! Join Now
Bhojpuri Film Reviews
Bhojpuriya Articles
Celebrities' Interview
‘‘निरहुआ रिक्शावाला’’ जईसन ब्लाकबास्टर फ़िलिम बनावे वाली निर्माण कंपनी अंक मीडिया आटर्स प्रा.लि. पिछले दिनों मुम्बई के जीपटैक स्टुडियो में आपन नयकी फ़िलिम ‘‘भोजपुरिया जवान’’ क संगीतमय शुरूआत कइलस। ए.के.एस. इन्टरटेन्मेट प्रा.लि. के बैनर तले बन रहल इ फ़िलिम क शुरूआत संगीतकार राजेश-रजनीश के संगीत निर्देशन में मोहन राठौर के आवाज में रिकार्ड गाने के साथ भईल। निर्माता अशोक कोटवानी अऊर अखिलेश श्रीवास्तव क इ फ़िलिम से भोजपुरिया पर्दे पर नयका अभिनेता आकाश क पदापर्ण होत ह। फ़िलिम में आकाश के साथ मोनालिसा, मनोज टाईगर, राजीव दिनकर अऊर रवि उज्जैन क प्रमुख भूमिका रही।
फ़िलिम के निर्देशन क कमान संभलले हऊअन रवीन्द्र राही। फ़िलिम के गीतकार प्यारे लाल यादव, विपिन बहार, श्याम देहाती, संगीतकार राजेश-रजनीश, कथा-पटकथा लेखक अऊर क्रियेटिव डायेरेक्टर संजीव शर्मा, संवाद लेखक सुरेन्द्र मिश्रा हउअन। फ़िलिम क शूटिंग मार्च में शुरू होइ। मूहर्त के अवसर पर निर्माता सुनिल बुबना, चुन्नु मेहरा, अभिनेता सुशील सिंह, प्रकाश जैश, अंक मीडिया के अरविन्द्र, रंजीत अऊर कई गणमान्य अतिथि उपस्थित रहलन।
श्रोत : प्रशांत निशांतRead in English
2 comments posted (Showing 1 to 2)हमें बहुत अच्छा लगता है की me
Posted by : jahangir ali at 19:39:02 on 2011-04-11
एह खबर खातिर रऊवा लोग बधाई के पात्र बानी जा ।
Posted by : bhojpurikhoj.com at 18:16:01 on 2011-02-01
Say something
You may like these
Related Bhojpuri Videos
Durga Movie Trailer
Holi Special : Malini Awasthi : Udat Abeer
Rajaji Movie Trailer
Raja Ji Title Song Promo