
नितिन चन्द्रा आपन महत्वाकांक्षी फ़िलिम देसवा क घोषणा के बाद से ही लगातार खबर में बनल हऊअन। आपन व्यस्त शेड्युल से कुछ समय निकाल कर नितिन चन्द्रा भोजपुरियासिनेमा॰काम से बात कईलन अऊर आपन इ फ़िलिम क बारे में विचार व्यक्त कईलन...
सबसे पहिले, भोजपुरी में एतना बड़ बजट फिल्म क निर्माण, इ विचार कईसे आइल आपके दिमाग में?
भोजपुरी हमार मातृभाषा ह। हमार माँ चंपारन अऊर पिता जी बक्सर से हउअन। हम पुणे युनिवर्सिटी से स्नातकोत्तर क डिग्री प्राप्त कईले हईं। हम तनुजा चंद्रा अऊर बाद में दिबाकर बनर्जी के साथ सहायक निर्देशक के रूप में काम भी कइले हईं। भोजपुरी सिनेमा क दुर्दशा हमार ध्यान खींचलस अऊर हमके लगल कि इ क्षेत्र में विशाल क्षमता ह अऊर इ तरह से देसवा क शुरुआत भईल।
देसवा अन्य भोजपुरी फिलिमन से कइसे अलग होइ?
देसवा एक विश्व स्तरीय फ़िलिम ह जेहमें असली लोकेशन, असली किरदार अऊर सशक्त एक्टिंग देखे क मिली।एह तरह क फ़िलिम भोजपुरी में अब तक नईखे बनल ह। हमार बात के समझे बदे राउर के देसवा देखे के पड़ी।
सूत्रन से पता लगल ह कि देसवा मल्टीप्लेक्स में रिलीज कईल जाइ, राउर के इ विश्वास ह कि मल्टीप्लेक्स क दर्शक कवनो भोजपुरी फ़िलिम देखे आइ ?
देसवा अईसन फ़िलिम ह जअन शिक्षित भोजपुरिया दर्शकन के काफ़ी आकर्षित करी। भोजपुरी फ़िलिम इंड्स्ट्री में शिक्षित भोजपुरिया दर्शकन बदे कवनो फ़िलिम नइखे होत ह। भोजपुरी फिलिमन में से अधिकांश आइटम डांस नंबर या द्विअर्थी संवाद के रूप में अश्लीलता परोसत जावत ह। देसवा स्वच्छ, सामाजिक अऊर उन्मुख फिलिम ह जवन राउर के सोचे के मजबूर करी। इ भोजपुरी में पहिलका मल्टीप्लेक्स फिलम ह।
सामान्य भोजपुरी दर्शक जवन 20,30 या 40 रुपये में भोजपुरी फिलिम देखेलन, ऊ देसवा देखे बदे मल्टीप्लेक्स जईहन ?
अभी भोजपुरी फ़िलिमन क दर्शकन क संख्या बहुत कम ह अऊर इहे कारण ह कि आम भोजपुरी फ़िलिम क बजट बहुत कम अऊर क्वालिटी बहुते खराब होखेला। भोजपुरी फ़िलिम क एक बहुते बड़ा वर्ग बढ़िया भोजपुरी फ़िलिम क इन्तजार करत ह, अऊर इ इन्तजार देसवा से खतम होइ। वईसे, देसवा सिंगल स्क्रीन सिनेमाहाह में भी रिलीज होइ।
देसवा क संगीत क बड़ बातचीत होत ह... एहकर विशेषता का ह?
पहलकी बार एक भोजपुरी फिल्म बदे सोनू निगम, श्रेया घोषाल, सुनिधि चौहान, मिका, स्वानंद किरकिरे, शारदा सिन्हा अऊर भरत शर्मा व्यास आपन आवाज देहले हऊअन। जईसन कि लगभग हर भोजपुर फ़िलिम मे होखेला कि हर गाना कवनो पुरनका गाना क चोरी होखेला, वईसन इ फ़िलिम में नईखे ह। इ फ़िलिम क हर गाना ओरिजीनल ह।
भोजपुरी फिल्म उद्योग से बड़ सितारन के चुने के बजाय, राउर बाँलीवुड क एक्टर्स के आपन फ़िलिम में लेहला?
हालांकि हम भोजपुरी क कुछ सितारन से संपर्क कईले रहलीं, लेकिन बाद में महसूस कईलीं कि इ फिलिम के सितारन क तुलना में कुछ यथार्थवादी अभिनेताओं क जरूरत ह। आशीष विद्यार्थी, पंकज झा अऊर नीतू चंद्रा जईसन अभिनेता भोजपुरी सिनेमा क विकास में योगदान देवत हऊअन, इ सच में उपलब्धि ह।
एहकर मतलब इ है कि अंतरराष्ट्रीय स्तर भोजपुरी फ़िलिम बनावत समय, राउर के एक्को भोजपुरी अभिनेता देसवा लायक सक्षम नईखे लगल ?
देसवा में कुछ अभिनेता हऊअन जवन एहसे पहले भोजपुरी फ़िलिम कईले हऊअन, जईसन कि राउर सच ही कहला कि इ अंतर्राष्ट्रीय स्तर क भोजपुरी सिनेमा ह।
देसवा कब रिलीज होइ ?
आशा ह कि देसवा जनवरी 2011 में रिलीज हो जाइ।
CLICK HERE TO READ THIS INTERVIEW IN ENGLISH
2 comments posted (Showing 1 to 2)hello sir good morning ..........
Posted by : prem unique at 05:17:12 on 2011-12-21
Respected NITINCHANDRA SIR myself BIPIN OJHA Maine bahut koshis ki aap se sampark karun, aapki company ka adress dhundha nahi mila, lachar hokar mai ye massege likh raha hun mai ek bhojpuri script writer hun aur maine tin script aur gaane likhe hai agar aap is massage ko padhkar koi rasta bataven to mere telant ki pariksha ho sake thank u mera no hai-09974359242 id bipin.ojha@yahoo.in
Posted by : BIPIN OJHA at 11:17:27 on 2011-12-12
Say something
You may like these
Related Bhojpuri Videos
Durga Movie Trailer
Holi Special : Malini Awasthi : Udat Abeer
Rajaji Movie Trailer
Raja Ji Title Song Promo