बाँलीवुड में एक दौर रहल जब केहू भी फ़िलिम बिना काँमेडियन के अधूरा मानल जावत रहल। महमूद, जाँनी वाँकर, जाँनी लीवर जईसन शानदार काँमेडियन फ़िलिम के जान होत रहलन। कुछ अईसन ही वक्त आज भोजपुरी सिनेमा में मनोज टाईगर क चलत ह। आपन दमदार एक्टिंग अऊर काँमेडी के बल पर लाखों दर्शकन क चहेता बनलन मनोज टाइगर आपन फ़िलिम ‘बताशा चाचा’ के प्रमोशन बदे इन दिनों बिहार में रहलन। आपन व्यस्त जीवन से समय निकाल के राउर हमनीं से बात कईलन, पेश ह बातचीत क कुछ अंश :
मनोज जी, इ फ़िल्मी जीवन में आपके अब तक क सबसे पसंदीदा रोल कवन सा ह ?
हमार सबसे पसंदीदा रोल ‘प्रेम के रोग भईल’ में निभाइल गइल प्रिंसिपल क ह। बड़ा मजा आइल रहल ऊ रोल करे में।
आज आपके एतना बड़ एक्टर बने में सबसे ज्यादा योगदान कवन देहलस ?
मनोज ओझ जी हमार भरपूर साथ देहलन। राउर हमके पहिला ब्रेक भी दिलवहिले रहलन।
दिनेश लाल यादव-मनोज टाइगर क जोड़ी के हिट होखे क कोइ राज हो त हमके बताईं ?
दिनेश जी अऊर हम एक दूसरे क बात सुनेलीं, एक दूसरे क कमी दूर करेलीं। गज़ब क अंड्रस्टैंडिंग ह हम दूनों के बीच।
मनोज जी, आज भोजपुरी सिनेमा के बहुते आलोचना सुने के पड़त ह कि एम्में अश्लीलता अऊर भद्दापन के अलावा कुच्छो नईखे देखे के मिलत, अईसन आलोचकों बदे कोइ संदेश ?
भैया देखा, जईसे हमार काम एक्टिंग क ह, वईसन ही इ आलोचकन क काम हम लोगन क आलोचना करे क ह। इ आलोचक बस भोजपुरी सिनेमा क आलोचना ही कर सकेलन, एहके भलाइ बदे कुछ कर नाही कर सकेलन।
मनोज जी, इ सफ़लता क श्रेय केह के देबा ?
आपन इ सफ़लता के श्रेय हम रंगमंच के देब ।
आप क भोजपुरी सिनेमा में पसंदीदा निर्देशक ?
असलम शेख, फ़ारूख़ सिद्दिकी, जी॰ सुब्ब राव अऊर जगदीश शर्मा।
स्टार बने के बाद राउर सबसे ज्यादा क्य मिस करेला ?
हमार दादा जी के, राउर हमार स्ट्रगल में ही साथ देहलन, हमार कामयाबी नाहीं देखलन।
मनोज जी, नयके एक्टर,जवन अभी इ इंडस्ट्री में आपन पैर जमावे क कोशिश करत हऊअन, ओनके कोइ राय ?
अईसन कलाकारन से हम बोलब कि कड़ी मेहनत करें अऊर आपन काम से काम रखें।
8 comments posted (Showing 1 to 8)khoon pasina is best moove and best gana yah film bahut hi best hai mai nirahua and pawan singh ko thankyou
Posted by : rajesh kumar singh at 17:20:18 on 2012-05-09
aap se parthna hai ki bhojpuri film ya album ho me usme acting ya dance karna chata hu thank mo.08305474537,9098657080 [jabalpur m.p.]
Posted by : ajeet kumar maurya at 09:41:55 on 2012-01-12
Dear Sir Hum Film Line me kam kare ke chaht bani lekin humra pass kaun plan nhikhe rauwa lo kuch humar help kar sakt bani ta humke is number par
Posted by : Rajiv Yadav at 12:30:47 on 2011-11-25
manoj ji hum sanjay kumar bihar ke rahne wala hu mera distric vaishali hai mera ek sapna tha ki ek bhojpuri singer banu lakin mujhe saath dene wala koi nahi mila plz manoj bhaiya aap per pura bharosa hain. aap apna mobile number email adress per send ker denge to aapka bahut bada yahsan hoga thanks sanjay kumar
Posted by : SANJAY KUMAR at 18:52:39 on 2011-09-22
मनोज जी आपकी एक फिल्म दिल तोहरा प्यार में पागल हो गिल आने वाली थी कब आयेगी |मै आपका बहुत बड़े फेन है..
Posted by : manoj rai at 12:27:18 on 2011-09-15
all singer ,wrighter and ctors call me 09877393190,09501821212
Posted by : mukesh rara ji md alfaa music at 09:37:52 on 2011-07-23
बिकाश कुमार बोल्तानी हमर भी बहुत ज्यादा शौख बाते की हम भी एक भोजपुरी सिंगर बनी इ हमर सपना आप लोग पूरा कर सकत बनी हम १० गाना लिखले बानी जुअना के रउरा लोग के मदद से रिलीज़ हो सकता
Posted by : BIKASH KUMAR at 21:03:10 on 2011-07-19
do you job
Posted by : ratan raj at 15:11:26 on 2011-06-14
Say something
You may like these
Related Bhojpuri Videos
Durga Movie Trailer
Holi Special : Malini Awasthi : Udat Abeer
Rajaji Movie Trailer
Raja Ji Title Song Promo