“देसवा” बनावे क चुनौती बहुत कठिन रहल : क्रांति प्रकाश झा

2010-10-15 Kranti Prakash Jha

हाँल ही में 41वें इंटरनेशनल फ़िलिम फ़ेस्टिवल में भोजपुरी फ़िलिम “देसवा” के प्रदर्शित कईल गईल रहल। “देसवा” से आपन फ़िल्मी कँरियर शुरू करे वाले क्रांति प्रकाश झा भोजपुरियसिनेमा॰काँम से इ फ़िलिम के बारे में अऊर आपन भविष्य के योजना के बारे में बात कईलन। पेश ह बातचीत क मुख्य अंश:


Question/प्रश्नसबसे पहले ता राउर आपन फ़िल्मी कँरियर के बारे में बताईं ? राउर कईसे फ़िलिम जगत से जुड़ला ?


Answer/उत्तरसबसे पहिले त हमार माँडलिंग कँरियर ग्राँसिम मिस्टर इंडिया से शुरु भईल। फ़िर आगे कई बड़ ब्राँड क एड भी कईलीं। साथे में हम रंगमंच से जुड़कर थियेटर वगैरह में काम कईलीं। वर्तमान में हम एक नाटक करत हईं जेकर नाम ह “आओ साथी सपना देखें” जेहके राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता स्वानंद किरकिरे निर्देशित करत हऊअन।।


Question/प्रश्न“देसवा” में काम करे क मौका कइसे मिलल ?


Answer/उत्तर“देसवा” के निर्माता नीतू चन्द्रा अऊर निर्देशक नितिन चन्द्रा से हमार बहुते पहिले से परिचय रहल, बाकि जब राउर हमके इ फ़िलिम में काम करे के बात कईलन, तब हम काफ़ी रोमांचित हो गईले रहलीं। बुझात रहल कि हमके कुछ बढ़िया काम के फ़लस्वरुप इ फ़िलिम मिलत ह।


Question/प्रश्न“देसवा” में आपन रोल के बारे में बताईं।


Answer/उत्तर“देसवा” में हमार रोल एक अईसन लड़िका के ह जवन आपन देस बदे कुछ करे क तमन्ना रखेला। इ लड़का आपन देस अऊर समाज बदे कुछ करे के आपन फ़र्ज़ समझेला। इ लड़का आपन फ़र्ज़ कईसे निभावेला, इहे “देसवा” में दर्शाइल गईल ह।


Kranti Prakash Jha in DESWA

Question/प्रश्नइ फ़िलिम के निर्देशक नितिन चन्द्रा के साथे काम करे क अनुभव कईसन रहल ?


Answer/उत्तरजईसन कि हम पहिले बतईले हईं, हमार सम्बंध नितिन चन्द्रा से काफ़ी पहिले क ह, पर हमके हमेशा से इ शंका रहल कि ओन्कें बारे में कई अईसन राज़ ह जवन हमके नईखे पता बा। इ बात सिद्ध भईल “देसवा” के सेट पर जहाँ नितिन चन्द्रा क नयका रुप हमनीं के दिखल। नितिन चन्द्रा पूरी तरह से पेशेवर निर्देशक हऊअन अऊर ओनकर आशा पर खरा उतरे एक बहुत बड़ चुनौती ह। “देसवा” बनावे क चुनौती बहुत कठिन रहल पर नितिन हार ना मनलन। एक बहुते बढ़िया अनुभव रहल नितिन जी के साथे काम करना अऊर हमनीं के बहुत कुछ सीखे के मिलल।


Question/प्रश्न॰ राउर आपन ड्रीम रोल के बारे में बताईं।


Answer/उत्तरहमार विश्वास ह क एक्टिंग से एक एक्टर के अनेक जिन्दगी अलग अलग परिस्थिती में जीये के मिलेलिन। हमार सपना ह कि हम उ भूमिका करीं जवन इ देश के युवा पीढ़ी पर एक सकरात्मक प्रभाव छोड़े, जईसन कि “देसवा” में हमार भूमिका ह।


Question/प्रश्नआपन भविष्य के योजना के बारे में बताईं।


Answer/उत्तरएक हिन्दी फ़िलिम ह “विकल्प” जवन जल्द ही रिलीज होइ।




CLICK HERE TO READ THIS INTERVIEW IN ENGLISH


 

 

bhojpuriya cinema readers 4 comments posted (Showing 1 to 4)

kranti ji, you are my favourite artist and i hope you will perform better to the best. i pray for your number one acting career in bhojpuri as well as in hindi cinema.

Posted by : Satyendra jha at 10:23:03 on 2012-05-07 See_User_Profile

kranti ji, you are my favourite artist and i hope you will perform better to the best. i pray for your number one acting career in bhojpuri as well as in hindi cinema.

Posted by : Satyendra jha at 10:23:03 on 2012-05-07 See_User_Profile

hi kanti jee you are a god actor and first time you play film like a desba is good begining . keep it brother . i pray with god about your success.

Posted by : durgesh jha at 01:13:06 on 2012-01-27

This actor is my fav. one .

Posted by : Anand Mohan Singh at 10:49:17 on 2011-11-20

 

bhojpuriya cinema readersSay something

related newsYou may like these

रवि किशन ने हाथ का साथ छोड़ा, साईकिल की सवारी शुरूनिरहुआ-पवन सिंह की "खून पसीना"कैमरामैन से निर्देशक बने महमूद आलम ‘‘नहले पे दहला’’ क पहिला विजेता बनलन बक्सर के आकाशआलोक कुमार की "देवरा पे मनवा डोले"कालिया की शूटिंग जहानाबाद में संपन्न ‘जगीरा’ का धूमधाम से मुहुर्तरवि किशन को मिला बेस्ट एक्टर अवार्डशीघ्र प्रदर्शित होगी "बुटन"मछुआरों की जीवन पर आधारित है "नंदू निकम्मा"

bhojpuri film's video trailersRelated Bhojpuri Videos

Durga Movie Trailer Holi Special : Malini Awasthi : Udat Abeer Rajaji Movie Trailer Raja Ji Title Song Promo